लेंस

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
दुनों ओर उभार वाला शीसा के लेंस
एगो बाईकान्वेक्स (biconvex) लेंस

लेंस एक किसिम के प्रकाश संबंधी जुगति होला जेह से हो के गुजरे के बाद रोशनी मुड़ के या त एक जगह एकट्ठा हो जाले भा छितरा जाले। सिंपल लेंस में एक ठो टुकड़ा अइसन पदार्थ के होला जेह से रौशनी के किरन गुजर सके आ एकरे खास आकृति के कारण एह से गुजरे पर किरन मुड़ जालीं। सिंपल लेंस के बिपरीत कंपाउंड लेंस कई गो सिंपल लेंस के झुंड होला जे आपस में मिल एक एगो सिंगल लेंस सिस्टम नियर काम करे लें, हर एक सिंपल लेंस के एलीमेंट कहल जाला।