ओरिएंटल स्टडीज़
Jump to navigation
Jump to search
ओरिएंटल स्टडीज़ (अंग्रेजी: oriental studies; हिंदी: प्राच्य अध्ययन चाहे प्राच्य विद्या) एकेडमिक क्षेत्र हवे जे यूरोप के पूरुब के देस सभ (जेकरा ऊ लोग नियर ईस्ट आ फ़ार ईस्ट नियन शब्दावली से परिभाषित कइल) के समाज आ संस्कृति, भाषा, लोग, इतिहास आ पुरातत्व के अध्ययन करे ला। हाल के सालन में, ख़ास क के अमेरिका में, एह बिसय के अक्सर मध्य पूर्वी अध्ययन आ एशियाई अध्ययन के नया शब्दन में बदल दिहल गइल बा। यूरोप में परंपरागत प्राच्य अध्ययन आज आमतौर पर इस्लामी अध्ययन के बिसय पर केंद्रित बा आ चीन के अध्ययन, खासतौर पर परंपरागत चीन के अध्ययन के अक्सर साइनोलॉजी कहल जाला। आम तौर पर पूर्वी एशिया के अध्ययन, खासतौर पर अमेरिका में, अक्सर पूर्वी एशियाई अध्ययन कहल जाला।